भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य विमल कुमार जी के लिखल नवकी भउजी

विमल कुमार जी के लिखल नवकी भउजी

0
विमल कुमार जी
विमल कुमार जी

कोयल जइसन मीठी बोली
लागे निमन का मिठाई ह,
चाल देखि के नागिन कहेली
ई कमर ना ह कलाई ह।

पायल के मधुर छन छन
लागे दूर बजे शहनाई ह,
भउजी के चंचल चितवन से
घर आंगन भइल सुखदाई ह।

भउजी हँसेली खूब ठठा के
जब कहेले देवरू मलाई ह,
माई समुझावे ना रे बबुआ
ई तोहरा भईया के लुगाई ह।

शरम से भउजी सिकुड़ जाली
जब भईया के नाम आइल ह,
बातों के अइसन फुलझड़ी छुटे
लागे रोजे फगुआ देवाली ह।

नन्द भौजाई के हँसी ठिठोली से
घरबार आनंद से ठठाईल ह,
भउजी के चंचल चितवन से
घर आंगन भइल सुखदाई ह।

सेनुर,टिकुली बदन प साड़ी
भोजपुरी के कमाई ह,
सुनर सुभेख मिलली भौजाई
ई पूर्व जनम के कमाई ह।

भउजी के चंचल चितवन से
घर आंगन भइल सुखदाई ह।

रचना- विमल कुमार
ग्राम+पोस्ट -जमुआँव
थाना -पीरो, भोजपुर (बिहार)

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version