भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य हरेश्वर राय जी के लिखल लूटीं लूट मचल बा

हरेश्वर राय जी के लिखल लूटीं लूट मचल बा

1
डॉ. हरेश्वर राय जी
डॉ. हरेश्वर राय जी

लूटीं लूट मचल बा सगरो
लूटीं लूट मचल बा।

बाढ़ लूटीं, सूखा लूटीं
राहत के लूटीं मिठाई,
भूख लूटीं, पियास लूटीं
लूटीं थोड़की महंगाई।

वोट लूटीं, नोट लूटीं
लूटीं चकाचक नारा,
रैली लूटीं, रैला लूटीं
गटकीं देशी ठर्रा।

राज लूटीं, लाज लूटीं
लूटीं तनिका मह्मारी,
जात लूटीं, पाँत लूटीं
लूटीं मौत बीमारी।

दिल्ली लूटीं, पटना लूटीं
लूटीं छपरा आरा,
गोर लूटीं, करिया लूटीं
लूटीं दखिन दियारा।

पगड़ी, चूड़ी, साड़ी लूटीं
लूटीं गुलाबी वादा,
लूटीं सभे लूट मचल बा
नर होखीं भा मादा।

डॉ. हरेश्वर राय, सतना, मध्य प्रदेश

1 COMMENT

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version