भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी ग़ज़ल सतीश प्रसाद सिन्हा जी के लिखल एगो भोजपुरी गजल

सतीश प्रसाद सिन्हा जी के लिखल एगो भोजपुरी गजल

0
सतीश प्रसाद सिन्हा
सतीश प्रसाद सिन्हा

ना जिये दी, ना मरे दी, याद हमरा के
दम कबो नाहीं धरे दी, याद हमरा के

दिल घवाहिल हो गइल बा चोट खा-खा के
घाव दिल के ना भरे दी याद हमरा के

भुक-भुका के जरि रहल बा प्रान के बाती
ना बुते दी, ना बरे दी याद हमरा के

नाव जिनिगी का किनारा आ रहल बाटे
पार बाकिर ना करे दी याद हमरा के

का करी अब बूढ तन के पेड़ ई रह के
ना फरे दी, ना झरे दी याद हमरा के

दोष हमरे बा कि कइलीं याद से यारी
बेवफाई ना करे दी याद हमरा के

लेखक: सतीश प्रसाद सिन्हा

ध्यान दीं: इ रचना सतीश प्रसाद सिन्हा जी के फेसबुक पेज से लिहल गइल बा

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version