भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य डॉ. हरेश्वर राय जी के लिखल बेटी बिना जियल अपमान लागेला

डॉ. हरेश्वर राय जी के लिखल बेटी बिना जियल अपमान लागेला

1
डॉ. हरेश्वर राय जी
डॉ. हरेश्वर राय जी

जइसे चंदा बिना सून आसमान लागेला
ओइसे बेटी बिना जीवन सुनसान लागेला ।

बेटी देबी, बेटी दुरगा, बेटी कालीमाई
मीरा, सीता, गीता बेटी, बेटी लछमीबाई,
जइसे गुड़ बिना फीका पकवान लागेला
ओइसे बेटी बिना आगन समसान लागेला ।

पूजा के थाली ह बेटी, बेटी तीरथ धाम
नदिया के पानी ह बेटी, बेटी ह बरदान,
जइसे आदित बिना बसिहा बिहान लागेला
ओइसे बेटी बिना दुनिया जहान लागेला ।

सावन बेटी, पावन बेटी, बेटी रितु बसंत
तितली, कोयल, मैना बेटी, आशा-खुशी अनंत,
जइसे गोरेया बिन, बधारी के सिवान लागेला
ओइसे बेटी बिन, मतारी के मकान लागेला ।

बिटिया के बिना इ दुनियां हो जइहें बिरान
इनकर देखि उपेक्षा लोगे, खिसिअइहें भगवान,
जइसे उपज बिना खेत खरिहान लागेला
ओइसे बेटी बिना जियल अपमान लागेला ।

1 COMMENT

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version