भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य डाॅ पवन कुमार जी के लिखल एगो भोजपुरी लहरा

डाॅ पवन कुमार जी के लिखल एगो भोजपुरी लहरा

0
डाॅ पवन कुमार
डाॅ पवन कुमार

धीरे धीरे ना हो धीरे धीरे ना हो धीरे धीरे ना
बीतल जाला हो समइया भइया धीरे धीरे ना।
नव रे महीनवा गरभिया में बीतेला,
दुई चार साल दूध पीयते में बीतेला,
खेलते कुदते बीते सारी लरिकइयां भइया धीरे धीरे ना
बीतल जाला हो _______________।

चढ़ल जवानी बीते काम के अगन में,
आगे के बयस बीते दाम के लगन में,
धमके बुढ़ारी तब थकले शरीरिया भइया धीरे धीरे ना
बीतल जाला हो ________________।

एके गो जिनिगिया बा चाहे जइसे जी लऽ,
जस अपजस अपना करम से लेइ लऽ,
जइबऽ जरूर पवन छोड़ि के धरतिया भइया धीरे धीरे ना
बीतल जाला हो _________________।

—-डाॅ पवन कुमार

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version