भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri सूरज मंडल जी के लिट्टी चोखा – रउरो खायीं

सूरज मंडल जी के लिट्टी चोखा – रउरो खायीं

0
सूरज मंडल जी के लिट्टी चोखा - रउरो खायीं

सूरज मंडल जी के लिट्टी चोखा - रउरो खायीं
सूरज मंडल जी के लिट्टी चोखा – रउरो खायीं
काल्हु के लिट्टी-चोखकार्यक्रम के सबसे बड़ उपलब्धी रहअल, सूरज मंडल जी नाहिन एगो गुनी लिट्टी-चोखा बनावे वाला व्यक्ति के मिलल। जे तरी समुद्र मंथन से कइ गो बेशकीमती रत्न के साथ-साथ अमृत निकलल रहल रहे, ठीक ओही तरह बढ़िया लिट्टी-चोखा बनावे वाला के खोज के दिल्ली-मंथन में हमनी के “सूरज मंडल जी” निहन एगो अनमोल रतन मिलल। काल्हु के कार्यक्रम में शामिल लोग उहाँ के बनावल लिट्टी-फुटेहरी (छानल, अंगारी प पकावल दूनो) के अतना बड़ाई कईनी सभे कि फुटेहरी प्रेमी आउर भोजपुरिया भाई लोगिन खातिर हम आज फ़ेसबुक साझा कईला से अपना के रोक ना पवनी।

“सूरज मंडल” जी पईसा से गरीब ज़रूर बानीं लेकिन उहाँ के बनावल लिट्टी-चोखा में रउवा सभे के देशी स्वाद के अलावा एगो अपनापन भरल प्यार के अहसास भी ज़रूर मिली। सूरज भैया ककरोला मोड़ से नज़फगढ़ जाए वाला रोड पर आपन रेहड़ी लगावेनी, एही से उहाँ के परिवार के गुज़ारा चलेला। अगर आप सभ कभी भी एह रास्ता से गुज़रीं त सूरज भैया और भउजी के हाथ के बनावल लिट्टी-चोखा ज़रूर खाईं, एगो भोजपुरिया भाई के इहे आपसे निहोरा बा।

एगो अउरी बात आप सभ भोजपुरिया भाई से ई कहे के बा कि जब भी रउवा सभे किहें कवनो छोट भा बड़ भोज होखे, हर व्यंजन के साथ-साथ लिट्टी-चोखा के भी ओकरा में ज़रूर जगह दीं। आप सब सूरज भैया के नंबर पर कॉल भी कर सकीलें जा, उहाँ के नंबर बा: 8587974696.

आभार: आखर के फेसबुक पेज से

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version