भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri बिहार कला संस्कृति विभाग द्वारा रामचन्द्र माँझी के लाइफ टाइम अचीवमेंट पुरस्कार...

बिहार कला संस्कृति विभाग द्वारा रामचन्द्र माँझी के लाइफ टाइम अचीवमेंट पुरस्कार खातिर चुनल गइल।

0
श्री रामचंद्र माँझी जी

लोककलाकार भिखारी ठाकुर के रंगसंगी रंगकर्मी सारण निवासी श्री रामचंद्र माँझी के बिहार कला संस्कृति विभाग द्वारा ‘लाइफ टाइम अचीवमेंट पुरस्कार’ खातिर चुनल गइल बा।
कला संस्कृति विभाग द्वारा दू गो वित्तिय वर्ष 2018-19 आ 2019-20 खातिर लम्बा समय के बाद दू दर्जन कला पुरस्कारन के घोषणा कइल गइल बा।एकर विधिवत घोषणा कला संस्कृति मंत्री प्रमोद कुमार द्वारा भइल। जवना में भिखारी ठाकुर रंगमंडल के प्रमुख सदस्य आ लोककलाकार भिखारी ठाकुर के सहकर्मी,सहयोगी रामचन्द्र माँझी के ” लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड” खातिर चुनल गइल बा। बिहार रंगमंच के इतिहास में एकरा से पहिले रामचन्द्र मांझी के संगीत नाटक अकादमी सम्मान से सम्मानित कइल गइल रहे ।

श्री रामचंद्र माँझी जी
श्री रामचंद्र माँझी जी

“भोजपुरी जन जागरण अभियान” के राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया के कहनाम बा कि- लोककलाकार भिखारी ठाकुर नाटक मंडली के सक्रीय सदस्य श्री रामचन्द्र माँझी जी 94 बरिस के उमिर में भी अपना कला के प्रदर्शन आज भी कर रहल बाड़न। भिखारी ठाकुर रंगमंडल में भिखारी ठाकुर कृत हर नाटक में ई मुख्य भूमिका निभावत रहले। रामचन्द्र माँझी रंगमंडल में स्त्री के भूमिका करे खातिर जानल जात रहन।

माँझी जी के लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड खातिर चयनित भइला पर सारण,बिहार ही ना बल्कि भोजपुरिया क्षेत्र के गीत-संगीत, नृत्य, नाटक , रंगमंच से जुड़ल लोगन में काफी खुशी के माहौल बा। रामचन्द्र माँझी के सम्मान मिलल एक तरह से लोककलाकार भिखारी ठाकुर जी के ही सम्मानित कइला जइसन बा।
“भोजपुरी जन जागरण अभियान” खुशी जाहिर करत श्री रामचन्द्र माँझी के बधाई देले बा आउर एह पहल खातिर रंगमंडल से जुड़ल निदेशक जैनेन्द्र दोस्त आ बिहार कला संस्कृति विभाग के प्रति आभार प्रकट कइले बा ।

– राजेश भोजपुरिया
(राष्ट्रीय संयोजक)
“भोजपुरी जन जागरण अभियान”

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version