भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य पियाजवा आनार हो गईल : सत्येन्द्र सिताबदियारवी

पियाजवा आनार हो गईल : सत्येन्द्र सिताबदियारवी

0
सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, रउवा सब के सोझा बा सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी के लिखल पियाजवा आनार हो गईल , पढ़ीं आ आपन राय जरूर दीं कि रउवा सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी लिखल रचना कइसन लागल आ रउवा सब से निहोरा बा कि एह कहानी के शेयर जरूर करी।

मनईबू गोरी नाया सालवा, पियाजवा आनार हो गईल
नाम सून्ते एकर अब बोखार हो गईल
का मनईबू ————– नाम सून्ते ————

दाम बढ़ल जाता, देऽख रोज दिन हो
किचेन मे राखाता,पियाज गिन-गिन हो
ननभेज फिकाईल, बाजार एकरे बिना
कहिआ ले आई,फागून-चईत के महीना
आलूदम के जायका, बेकार हो गईल
का मनईबू———
नाम सून्ते ———-

सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी
सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी

बूझाता आलू-पाल्की पऽ, ठंढी कट जाई
बढ़िया से चीकन-मटन, अबकी ना भेंटाई
कातना दिन से लईलऽ ना,पियाज एक टोकरी
उफर परो मुअनू, तोहार माहटर के नोकरी
देखऽते-देखऽते जाड़, पार हो गईल
का मनईबू ———–
नाम सून्ते ————

आरु कुछउ दिन बुझऽ, हामार मजबुरी
अबहीं से मत तू, बनाव हातना दूरी
पियजवे नियन हमनी के,आछा दिन आई
खूब किन-किन के, पियाज खाईल जाई
थेह-थेह एकरे चल्ते, सरकार हो गईल
का मनईबू ———-
नाम सून्ते ———–

चलऽ घूमा लियाईं, गंगा-सरजू के नियर
बड़ी पावन हऽ, हामार सिताबदियरा
देखऽ गाँव के चारो ओर, बान्हवा बान्हाता
गाँव में बाढ़ ना आई, अब असहीं बूझाता
छोड़ऽ पियाज के चिन्ता, सुरक्षित गाँव-जवार हो गईल
का मनईबू ————
नाम सून्ते ————–

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version