भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य राम प्रकाश तिवारी जी के लिखल पाकिस्तान नाहीं बदली

राम प्रकाश तिवारी जी के लिखल पाकिस्तान नाहीं बदली

0
राम प्रकाश तिवारी 'ठेठबिहारी'
राम प्रकाश तिवारी 'ठेठबिहारी'

सुरुज उगीहें पछिम से
चाहे चंद्रमा दिन में निकली
चाहे गंगा बहीएं उल्टा
आ चाहे धरती आपन धूरी बदली,
सब केहु बदली बाकिर
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाहीं बदली

कतनो पियइबऽ सांप के तु दुध
काटल नाही भुली
चोर चोरावल भुली,
बाकिर उ हथियावल नाही भुली
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाही बदली

अनकर हक के आपन कहल नाही भुली
आन घर में बम फोड़ल नाहीं भुली
मऊगई के अपना
बहादुरी कहल नाही भुली
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाहीं बदली

निर्दोषन के मरवावल नाही भुली
धर्म के आड़ा कुकर्म के
जेहाद कहल नाही भुली
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाहीं बदली

कबो कश्मीर त कबो पंजाब में
कबो बनारस आ गुजरात में
कहीयो बंगलुरू त कहीयो अहमदाबाद में
जयपुर आ अब दिल्ली में
धमाका कइल ना भुली
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाहीं बदली

भारत के बचवो जब बोली
ओकरा लागी उ बाघ के बोली
तबे त कही ले हम की
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाहीं बदली

देखे के बा हमनीं के धिरजा के
इ कहीया ले परीक्षा ली,
कहीया देश के नेतवन के आंख खुली
कहीया अपना करनी के फल एकरा मिली
चाहे कुछो हो जाव
पाकिस्तान नाही बदली
हो पाकिस्तान नाहीं बदली

राम प्रकाश तिवारी ‘ठेठबिहारी’

जरूर पढ़ीं: भोजपुरी सीखे : Learn Bhojpuri
भोजपुरी के किताब पढ़े खातिर क्लिक करीं

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version