भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य माया शर्मा जी के लिखल एगो कजरी

माया शर्मा जी के लिखल एगो कजरी

0
माया शर्मा जी
माया शर्मा जी

बदरा घीरि -घीरि आवेला अँगनवाँ।
मचावे सोर पवनवाँना।।

टुकुर-टुकुर धरती निहारे बदरिया ,
सूखल अँचरवा पसारे एहि कदरिया।

कि जइसे एक बूँद खातिर तड़पे,
तड़पे जल बिन मछरिया ना।।1।।

सूखले अषाढ बीतल भईल रोपनियाँ,
पानी के चलते बा सब पर गिरनियाँ।

गिरनियाँ एईसन सब पर आईल,
होईहें कईसे किसनियाँ ना।।2।।

एईसन मानसून अबकी पछता के आइल,
कतहूँ सूखार भइल कतहूँ दहाईल।

कि झंखे भागि पर अपने किसनवाँ,
साँसत में परलबा जनवाँनाँ।।3।।

एक भिनुसारे बोलेबन मोरईलवा,
रही-रही हुनुकेला मोर कोररईलवा।

कि आगे पीछे भईल बाटेपरनवाँ,
टूटल सगरो सपनवाँना।।4।।

माया शर्मा
उ. म. वि. नेहरूआ कला
पो. भठवां बाजार, प्र.-पंचदेवरी
जि. गोपालगंज , बिहार

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version