भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri गिरमिटिया संस्कृति के समर्पित लोकरंग-2019 में शामिल होइहे संतोष पटेल

गिरमिटिया संस्कृति के समर्पित लोकरंग-2019 में शामिल होइहे संतोष पटेल

0
गिरमिटिया संस्कृति के समर्पित लोकरंग-2019

उत्तर प्रदेश पड़रौना के जोगिया जनूबी पट्टी,फाजिलनगर,कुशीनगर में 11 आ 12 अप्रैल 2019 के आयोजित ‘लोकरंग’ कार्यक्रम जवन एह बरिस गिरमिटिया संस्कृति के समर्पित बा।एह आयोजन में ‘भोजपुरी जन जागरण अभियान’ के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल भी शामिल होइहे।

संतोष पटेल जी
संतोष पटेल जी

भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय संयोजक सह झारखंड प्रभारी राजेश भोजपुरिया(जमशेदपुर) जानकारी दिहनि कि ई महोत्सव यूपी के पड़रौना जोगिया जनूबीपट्टी,फाजिलनगर, कुशीनगर में पिछला 12बरिस से लोक-रंग सांस्कृतिक समिति के अध्यक्ष सुभाषचंद्र कुशवाहा के नेतृत्व में करावल जा रहल बा।

जवना में भारत के कई राज्यन के अलावे अन्य कई देशन मॉरीशस, सूरीनाम, त्रिनिडाड,नीदरलैंड इत्यादि जगहा से लोक कलाकार अपना टीम के साथे शामिल‌ हो रहल बाड़े ,जे लोक संगीत आ लोक कला के प्रदर्शन करीहे। ‘गिरमिटिया लोकसंस्कृति का पुरबिया संबंध’ नामक विचार गोष्ठी के भी आयोजन कइल गइल बा। एह कड़ी में भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के ‘गिरमिटिया लोक संस्कृति का पुरबिया संबंध’ विषयक संगोष्ठी में विचार रखे खातिर आमंत्रित कइल गइल बा।एह विचार गोष्ठी में भारत देश के अलावा दोसरा कई देशन के प्रतिनिधि भी शामिल होइहे।

गिरमिटिया संस्कृति के समर्पित लोकरंग-2019

– राजेश भोजपुरिया (राष्ट्रीय संयोजक)
भोजपुरी जन जागरण अभियान

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version