भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri काव्य गोष्ठी सह सामूहिक सतुआन के आयोजन सफलता पूर्वक सम्पन्न

काव्य गोष्ठी सह सामूहिक सतुआन के आयोजन सफलता पूर्वक सम्पन्न

0
काव्य गोष्ठी सह सामूहिक सतुआन के आयोजन सफलता पूर्वक सम्पन्न
काव्य गोष्ठी सह सामूहिक सतुआन के आयोजन सफलता पूर्वक सम्पन्न

राष्ट्रीय स्तर पर कार्यरत भोजपुरी जन जागरण अभियान के द्वारा भोजपुरी भाषा के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर लगातार आंदोलन चलावल जा रहल बा ,जेकर नेतृत्व राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल जी कर रहल बानी।

अभियान द्वारा साथ ही साथ भोजपुरी के सभ्यता, संस्कृतिआ साहित्य के भी सहेजे के काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में सतुआ संक्रांति के अवसर पर आपन ग्रामीण संस्कृति आ परंपरा के कायम राखत सतुआन के परंपरा के आगे बढावत भोजपुरी जन जागरण अभियान, झारखंड इकाई, जमशेदपुर द्वारा शनिवार के सबेरे 11:30 बजे से स्थानीय प्रताप कल्याण केंद्र सभागार, छोटागोविंदपुर ( जमशेदपुर) में काव्य गोष्ठी सह सामूहिक सतुआन के आयोजन राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया के देख रेख में कइल गइल।

जरूर देखीं: भोजपुरी बोलना सीखें

एह कार्यक्रम के विशेषता ई रहल कि भोजपुरी जन जागरण अभियान के एह आयोजन में सिंहभूम जिला भोजपुरी साहित्य परिषद आ प्रताप कल्याण केन्द्र के प्रतिनिधि भी शामिल भइले।सतुआन(नेवान) के अवसर पर सभे लोगन द्वारा सामूहिक रूप से सत्तू, आम के चटनी, आम के टिकोला, गुड़, प्याज आ हरा मिर्च के सेवन कर के सतुआन के आपन ग्रामीण संस्कृति आ परंपरा के कायम राखे के प्रति प्रतिबद्धता देखावल लोग।काव्य गोष्ठी के अध्यक्षता रामगढ़ से चल के आइल साहित्यकार विद्याशंकर विद्यार्थी जी कइनी। ओहिजे संचालन करत राजेश भोजपुरिया के कहनाम रहे कि भाषा के लड़ाई त हमनी के लड़िये रहल बानी जा । भाषा के साथ संस्कृति के भी बचा के राखे के बा। भाषा आ संस्कृति एक दोसरा के पूरक होखेला।

काव्य गोष्ठी में उपस्थित कवियन द्वारा अपना कविता के पाठ कइल गइल आ साथे साथ एह अवसर पर गावे जाये वाला घाटो गीत के प्रस्तुति भी भइल

कार्यक्रम में मुख्यरूप से गंगा प्रसाद अरुण, मनोकामना सिंह, विद्याशंकर विद्यार्थी, जयशंकर दूबे, महासचिव सुनील कुमार सिंह, उपाध्यक्ष कवलेश्वर पाण्डेय, प्रदीप कुमार सिंह, विश्वजीत कुमार सिंह, संगठन मंत्री धनुर्धर त्रिपाठी, रामविलास शर्मा, सुखदेव सिंह, वीरेंद्र सिंह, रामसागर यादव, रजनीश कुमार, पंकज तिवारी, ब्रजेश शर्मा, दीपक सिंह, प्रदुमन चौबे, राधेश्याम सिंह, नागेश्वर सिंह, नंदजी अकेला, अनिल कुमार, कंचन कुमार सिंह, रामदेव प्रसाद, अजय किशोर सिंह, सुनील कुमार तिवारी, आर के सिंह के अलावा विभिन्न संस्था के प्रतिनिधि आ सदस्य उपस्थित रहले।

– राजेश भोजपुरिया
(राष्ट्रीय संयोजक सह झारखंड प्रभारी)
भोजपुरी जन जागरण अभियान

kavy goshthi sah samuhik satuan ke aayojan safalta porvak sampan

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version