भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य हरेश्वर राय जी के लिखल कइसे मनावल जाई फगुआ देवारी

हरेश्वर राय जी के लिखल कइसे मनावल जाई फगुआ देवारी

1
डॉ. हरेश्वर राय जी
डॉ. हरेश्वर राय जी

रोवतारे बाबू माई
पुका फारि फारी,
बए क के कीन लेहलस
पपुआ सफारी।

साल भर के खरची बरची
कहवाँ से आई,
चाउर चबेनी के
कइसे कुटाई,
कइसे लगावल जाई
खिड़की केवारी।

छठ एतवार हमार
फाका परि जाई,
बुचिया के कहवाँ से
तिजीया भेजाई,
कइसे मनावल जाई
फगुआ देवारी।

पियरो जितौरा घूमी
घूमि गाँवाँ गाँईं,
ललकी पगरिया बान्ही
रायजी कहाई,
लफुअन से मिले खातिर
जाई माराफारी।

चिकन मटन के संगे
दारू खूब घोंकी,
पी के पगलाई
कुकुर जस भोंकी,
कुरुता फरौवल करी
लड़ी फौजदारी ।

1 COMMENT

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version