भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri भोजपुरी गायक मनोज तिवारी के महिला टीचर के साथे बदतमीजी के वीडियो...

भोजपुरी गायक मनोज तिवारी के महिला टीचर के साथे बदतमीजी के वीडियो सोशल मीडिया प वायरल

0

भोजपुरी गायक आ पूर्वी दिल्ली के सांसद मनोज तिवारी के महिला टीचर के साथे बदतमीजी के एगो वीडियो सोशल मीडिया प वायरल हो रहल बा ।
वीडियो में मनोज तिवारी एगो महिला टीचर के साथे बदतमीजी से बात करत नजर आ रहल बाड़े। एगो सरकारी कार्यक्रम में हिस्सा लेवे पहुचल मनोज तिवारी से महिला शिक्षका गाना गावे के मांग का कर देहली, एतना सुनते नेता जी मंचे प महिला शिक्षक प भड़क गइले आ मंच प से शिक्षका के नीचे उतरे आ कारवाही करे के बात कर देहले

मनोज तिवारी के इ विडियो रउवो देंखीं आ तनी बताई की भर चुनाव खूब गीत गवले ह कबो नोटबंदी प आ कबो रैली आ कबो भाजपा के नेता लोगन के सोझा, गावत गावत थकले ह ना।

हमरा हिसाब से मनोज तिवारी के पहचान भोजपुरी गाना गइले से मिलल बा आ काहा ना गावेले साटा प गइबे करेले , सिनेमा आदि में गवलहीं बा‌डे , चैनल आदि प गइबे करेलन। पिछला हफ्ता एबीपी न्युज प रउवो देखले होखेब कुमार विश्वास संगे नीमन से अंकवारी में धई धई के गावत रहुवन।

जे गायकी से कमाई कइलस आ नाम कमाइलस, जदि उ अब गायकी के डिमांड के नौटंकी कहि देउ त का कहल जाव, सौ गो मूस खा के बिलाइ मौसी हज प चलली, तिवारी जी पाहिले त रउवा भोजपुरी गायक बानी ओकरा बाद एमपी बानी।

अब जदि गायक से अध्यापिका जी दु लाइन गावे के कह देहली त एह में भड़के, के कवन बात बा महाराज?
आ चलीं रउवा ख़राब लाग गइल की एमपी आ भाजपा दिल्ली अध्यक्ष से गावे के बोल देहली त दोसरो तरीका से मना कर देतीं एह एतना भड़के के भा ताव में आ के बोले के जरुरत ना रहे।

राउर नेता मोदी जी कहत फिरत बानी की गंभीर बनी लोग अउरी पता ना का का…. उहो के बतिया तनी ध्यान में रखतीं, चलीं छोड़ी असल में गरुर / घमंड जब कपार प चढि के नाचे लागेला त इहे होला।

मनोज तिवारी के अध्यापिका संगे दुर्व्यवहार के ले के भाजपा के कुछ कारवाही करें के चाहीं। भाजपा में गुरु के बड़ा मान बा आ आर एस एस (RSS) त गुरु परवो मनावे ले तब मनोज तिवारी प कवनो कारवाही नइखे होखत त गलत सन्देश जाइ समाज में भा कार्यकर्ता लोगन में

कम से कम भाजपा के मनोज तिवारी प कारवाही कर के इ सन्देश देबे के चाहीं कि मेहरारूखातिर गुरू अध्यापक खातिर ओकरा मन में अइसन गायक गायिका भा मनोज तिवारी जइसन सोच नइखे।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version