भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri भोजपुरी कला यात्रा : समापन सत्र , विमलेंदु जी के एगो रपट

भोजपुरी कला यात्रा : समापन सत्र , विमलेंदु जी के एगो रपट

0
भोजपुरी कला यात्रा : समापन सत्र
भोजपुरी कला यात्रा : समापन सत्र

‌भोजपुरी कला-संस्कृति के संरक्षण आ प्रोत्साहन के उद्देश्य से आ भोजपुरी में पसरत अश्लीलता के बहिष्कार के संकल्प के साथे आखर द्वारा आयोजित त्रिदिवसीय भोजपुरी कला यात्रा के कार्यशाला-सह-प्रदर्शनी के समापन आज प्रखंड कृषि भवन, कोइलवर में सम्पन्न भईल ।

समापन समारोह के मुख्य अतिथि प्राध्यापक जे पी विश्वविद्यालय, छपरा के पी राज सिंह रहीं आ अध्यक्षता भोजपुरी भाषाविद आ रामनाथ पांडेय जी के सुपुत्र विमलेंदु पांडेय जी कईनी । आपन सम्बोधन में पी राज सिंह जी भोजपुरी पेंटिंग के लोकजीवन से जुड़ाव प चरचा कईनी ओहिजे विमलेंदु पांडेय जी कहनी कि आखर परिवार अईसन आयोजन कर के भोजपुरिया आंदोलन के सबसे अगिला पंक्ति में खाड़ हो गइल बा ।

आर पी एस एस इस्कूल के निदेशक रविकांत राय जी आगे भी अईसन आयोजन में आपन मदद के आश्वासन दिहनि । वरीय साधनसेवी आ शिक्षक राजाराम प्रियदर्शी जी भोजपुरी कविता सुना के सभे के आपन बचपन में लवटे प मजबूर कर दिहनि । अरक, बक्सर के रहनिहार आ पटना कला एवं शिल्प महाविद्यालय से स्नातक किरण कुमारी जी छात्र लोगन के पेंटिंग के कैरियर के रूप में अध्ययन प चरचा कईनी ।

विमलेंदु जी, पी राज सिंह जी, किरण जी आ प्रशिक्षक संजीव सिन्हा जी के आखर स्मृति चिन्ह आ भोजपुरिया स्वाभिमान के प्रतीक चुनरी गमछा दे के सम्मानित कईल गईल। एकर अलावे उपस्थित विद्यालय के संचालक लोगिन, अतिथि लोगन आ मीडियाकर्मी लोगन के भी गमछा दे के सम्मानित कईल गईल ।

‌कोइलवर आ आसपास के इस्कूलन के 76 गो प्रतिभागी लोगन के प्रमाणपत्र विशिष्ट अतिथि लोगन के हाथ से दियाईल । एकर बाद अश्लीलता के बिरोध आ भोजपुरी भाषा के समर्थन में नारा लगावत प्रतिभागी लोग आसपास के क्षेत्र में जलूस के शक्ल में घूमले ।

‌मुख्य प्रशिक्षक संजीव सिन्हा जी भोजपुरी कला यात्रा के आगा के कार्यक्रम प चरचा कईनी।आखर सदस्य मनोज दुबे, चन्द्रभूषण पांडेय, सुनील पांडेय, आलोक सिंह, अरविंद, दीपक कुमार गुप्ता, अभिषेक शेखर, रवि, वैभव कुमार पाठक आदि लोग बतकही के दौरान अश्लीलता के बिरोध कईसे कईल जाव एह प आपन आपन बिचार रखले । कुछ प्रतिभागी लोग भोजपुरी के पारम्परिक संस्कार गीत सुना के कार्यक्रम के रौनक बढ़ावल ।

‌अंत में आखर सदस्य नरेंद्र स्वामी जी धन्यवाद ज्ञापन कईनी आ मंच संचालन के जिम्मा आखर सदस्य रवि प्रकाश सूरज निबहनी ।
‌आयोजन स्थल प आखर द्वारा लगावल अश्लीलता के बिरोध आ माईभासा के प्रचार से सम्बंधित नारा,पोस्टर से स्थानीय लोग बहुत प्रभावित भईले आ आखर के अईसन प्रयास के प्रशंसा कईले ।

कार्यशाला के सफल संचालन में योगदान खातिर कोइलवर थानाध्यक्ष पंकज सैनी जी के आखर स्वाभिमान कैलेंडर भेंट स्वरूप दिहल गईल ।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version