भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह – प्रोफेसर कपिलदेव मिश्र

भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह – प्रोफेसर कपिलदेव मिश्र

0
भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह
भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह

भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह, इ दुनिया के बहुत बड़ हिस्सा में आपन जगह बना चुकल बिया आ लगातार एकर बिकास आ प्रसार होत जा रहल बा बतौर मुख्य अतिथि इ बात रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर कपिलदेव मिश्र जी सतना भोजपुरी समाज द्वारा १० दिसंबर २०१७ के दिन आयोजित सम्मान समारोह में कहनी.
सतना माइन्स के वाइस प्रेसिडेंट श्री अशोक सिंह जी के अध्यक्षता में संपन्न एह कार्यक्रम में भोजपुरी समाज सतना के अध्यक्ष शैलेन्द्र उपाध्याय जी अतिथि लोगन के स्वागत कइनी आ भोजपुरी समाज के क्रियाकलाप के बारे में विस्तृत जानकारी प्रस्तुत कइनी।

एह अवसर प भोजपुरी समाज के बुजुर्ग लोगन, एन के पाण्डेय, शिवजी सिंह, महंथ सिंह एवं के. एल. यादव आदि के शाल- श्रीफल से सम्मानित कइल गइल। एकरा साथे साथे प्रतिभाशाली विद्यार्थी लोगन, आदर्श त्रिपाठी, पूजा यादव, सृष्ठि उपाध्याय, अजय सिंह, आकृति सिंह प्रतिक सिंह, पलक उपाध्याय, आदेश मिश्र, अंजलि राय आशुतोष तिवारी आ अंकिता तिवारी के भी सम्मान कइल गइल।

प्रमोद शर्मा जी के मेलोडी आस्था ग्रुप के द्वारा भोजपुरी गीतन के मनमोहक प्रस्तुति भइलकार्यक्रम के आयोजन में विकास पाण्डेय, वीरेन्द्र तिवारी, शैलेन्द्र उपाध्याय, ओ पी. अस्थाना,
संजय सिंह, संजय यादव जी के प्रमुख योगदान रहल. कार्क्रम के सफल संचालन स्मृति तिवारी आ आभार प्रदर्शन डॉ. हरेश्वर राय द्वारा कइल गइल।

कार्यक्रम में टीएम सिंह , शशि सिंह, मदन सिंह, धनञ्जय सिंह, रजनीकांत सिंह, सरिता तिवारी, पुष्प उपाध्याय, पूनम पाण्डेय, सीमा सिंह, निधा सिंह, डॉ. बिनोद रस्तोगी आ डॉ. नवीन कुमार के उपस्थिति उल्लेखनीय रहल।

प्रस्तुति: डॉ. हरेश्वर राय, सतना, मध्य प्रदेश

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version