भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri प्रसिद्ध भइल अभिनेता जसवंत कुमार

प्रसिद्ध भइल अभिनेता जसवंत कुमार

0
Rani no. 786
Rani no. 786

भोजपुरी फिल्म रानी न.-786 से मोहर सिंह के नाम से प्रसिद्ध भइल अभिनेता जसवंत कुमार एह घड़ी आपन दुगो फिल्म के शूटिंग में व्यस्त बाड़े। हाल में अभी उ ” दिल भईल दीवाना तोहरा प्यार में” के सेट पर अपना अभिनय के जलवा बिखेर रहल बाड़े। रानी न. – 786 में इनका खलनायकी के दर्शक बड़ी सरहले। दर्शकन के प्यार इनका इतना मिलल कि जसवंत कुमार के लोग अब मोहर सिंह के नाम से पुकारल शुरू कर देले बा।

मोहर सिंह के लगातार मिल रहल सफलता से इनका गाँव में ख़ुशी के माहौल बन गइल बा। गाँव के सब लोग अब इहे कहत बा की मोहर सिंह अपना गाँव के नाम पूरा देश-दुनिया में रौशन कर रहल बाड़े। गाँव के बड़-बुजुर्ग के कहनाम ई बा कि जसवंत के संगे हमनी के आशीर्वाद हमेशा बा. उ दिन दुन, रात चौगुना तरक्की करस. जसवंत “दिल भइल दीवाना तोहरा प्यार में” के बाद ” विजय पथ एगो जंग” में नज़र अईहे। एह फिल्म में उनका किरदार के नाम नागेश्वर सिंह बावे।

देखियें:

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version