झूमिहन बुढ़वा जवान : बेल्सन भोजपुरिया

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी में अब तक हमनी के बिरहा, चइता, कजरी, फगुवा आ निर्गुण सुने बानी जा, भोजपुरी संगीत के एगो बैंड बेल्सन भोजपुरिया लेके आइल बाड़े रैप उहो भोजपुरी में।

जरूरी बा की भोजपुरिया दर्शक अइसन प्रयास के सराहे, पसंद करे आ अइसन कलाकार सब के हिम्मत बढ़ावे, बेल्सन भोजपुरिया बैंड रउवा सब से निहोरा कर रहल बा अगर हमनी इ प्रयास रउवा सब के बढ़िया लागल त शेयर करी, लाइक करी आ जेतना हो सके ओतना आगे शेयर करी।

एघरी रैप के जवाना बा, उम्मीद बा कि भोजपुरी के इ साफ सुथरा रैप लोग के पसन पड़ी।

आपन पार्टी गान (बेल्सन भोजपुरिया)

चाही हक़ (प्रचितक महंत,अमिनकेत दुबे):

भोजपुरी रैप जवन भोजपुरी सिनेमा आ संगीत में अश्लीलता फैलावे वाला के प मुँह झापड़ बा

आपन पार्टी गान

देखा लागल बा ई गाना….. कहल हमर तू माना
ऐमे बाड़े भोजपुरिया तान….. ऐपे झूमिहन बुढ़वा जवान

देखा लागल बा ई गाना, कहल हमर तू माना
ऐमे बाड़े भोजपुरिया तान, ऐपे झूमिहन बुढ़वा जवान
ई बाजी सगरो जहाँन , चाहे क्लब हो या बर्धवान ||

डी जे बाजी रोड तक , न सुते देवल जी भोर तक
ध के केहू के अक्वारी ,झूमल जाइ बारी- बारी ||

|| ई ह आपन पार्टी गान- ई ह आपन पार्टी गान ||

जरतुहा दिहन गारी, आशिकान क बढ़ी बिमारी
पडोसी बर-बरहियन , फलाने ताकिहन चढ़ के छलदवारी||

नाचा सावन झोर के, उडा द परखचा
आज के ज़माने में, लजात नइखे बच्चा||

|| अरे हां,अरे हा भईया हा हा , ई ह आपन आपन आपन पार्टी गान ||

गाजा- बाजा समेटाई , चढले पे घाम
अउर बेल्सनवा क बढ़ावल जाई , गमछा दे सम्मान |

अरे हां,अरे हा भईया हा हा , ई ह आपन आपन आपन पार्टी गान
ई बाजी सगरो जहाँन ,चाहे क्लब हो या बर्धवान
ई ह आपन आपन आपन पार्टी गान|

 

रउवा :
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

इहो पढ़ीं
भोजपुरी गीतों के प्रकार
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ
अनेक शब्द खातिर एक शब्द : भाग १
लइकाई के खेल ओका – बोका
भोजपुरी व्याकरण : भाग १
सोहर

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

Jogira
टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव। जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत टेहा में से एगो टेहा बा, एह पऽ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल समग्री उपलब्ध बा।

आपन राय जरूर दीं