भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १

1
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द: भाषा में एगो शब्द के कय कय गो माने होला जवना के पर्यायवाची शब्द कहल जाला।

जोगीरा डॉट कॉम के प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत जोगीरा लेके आइल बा भोजपुरी पर्यायवाची शब्द।

भोजपुरियो में पर्यायवाची शब्दन के कमी नइखें। जवना में से कुछ प्रचलित शब्दन के पर्यायवाची नीचे दिहल गइल बा।

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द:

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द - भाग १
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १

पेड़ – गाछ, रुख, फेड
शरीर – देह, जाँगर, काया
ढक्कन – ढकना, झपना, पेहना
खीर – रसियाव, तसमई, जाउर
काफीढेर, पुरहर, पूरा
मनुष्य – आदमी, जन, मनई, लोग
विधवा – राँड़, बेबा, मुसमात ढक्कन
ताकत – बूता, हियाव, काबू
खुशामद् – चिरउरी, निहोरा, हथजोरी
देखना – निरखल, आँकल, ताकल
तंग करना – उबियावल, कँउचावल, खूनसावल, दिकदिकावल
साफ करना – काँछल, पोंछल, धोवल
भूखा – भुखाइल, हहरल, छछाइल, खखाइल
उल्टी करना – ओकाइल, वोकरल, ढकचल
ठीक – नीक, नीमन, बढ़ियाँ
सब – सभ, कुल्हि, समूचा
विष –  बिख, जहर, माहुर
नौकर – नोकर, टहलुआ, चाकर
तौलिया – गमछा, आँवछी, अगौछा
रखवाली – रखउरी, अगोरिया, पहरेदारी, चउकिदारी
किनारा – कोर, पोर, छोर, आर

अगिला भाग जल्दिये आयी, इंतजार करी सभे

इहो पढ़ीं:
भोजपुरी बालगीत
भोजपुरी पहेली | बुझउवल

1 COMMENT

आपन राय जरूर दीं