भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल अनही तिखर हो गइल

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल अनही तिखर हो गइल

0
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

हो भँवरा !
बाँझ भइल बगिया
उठस लागे रगिया
आ बिगरल पगिया हे।
उचटल नेहिया तोहार
अनही तिखर हो गइल॥

हो भँवरा !
चनवों चोन्हाइल
तनिका न अघाइल
सोझवें लुकाइल हे।
हुलसे ना जियरा हमार
सुधिया बिखर हो गइल॥

हो भँवरा !
रसवा चोरावल
जाँगर ठेठावल
मधुरस बनावल हे।
बिखिआइल देखि भिनुसार
हियरा रुखर हो गइल॥

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल भोजपुरी गीत कवन नजीर देहलु गोरिया

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version