भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य डॉ. हरेश्वर राय जी के लिखल अँखियन के आकाश सूना हो गइल

डॉ. हरेश्वर राय जी के लिखल अँखियन के आकाश सूना हो गइल

0
डॉ. हरेश्वर राय जी
डॉ. हरेश्वर राय जी

अँखियन के आकाश
सूना हो गइल |

सब तारा भइलन स खेत
सपना सब भइलन स रेत
पंखियन के परिहास
चूना हो गइल |

खेतवन प पाला पड़ल
पेटवन प भाला गड़ल
ख़ुशीयन के बनवास
दूना हो गइल |

बंसवारी के शामत आइल
फुलवारी प आफत आइल
कलियन के खरवांस
चौगुना हो गइल |

फेंड़ छोड़ के भगले तोंता
उजड़ गइल बा उनकर खोंता
डलियन के संत्रास
सौगुना हो गइल |

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version