भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी भाषा

भोजपुरी भाषा

0
भोजपुरी भाषा
भोजपुरी भाषा
भोजपुरी भाषा

भोजपुरी बाहुते सुंदर, सरस, तथा मधुर भाषा ह। भोजपुरी भाषा के नामकरण बिहार के आरा जिला के भोजपुर गाँव के नाम पर भइल बा। मध्य काल में ऐ जगेह के मध्य प्रदेश के उज्जैन से आइल भोजवंशी परमार राजा लोग बसवल। इहे लोग आपन इ राजधानी के नाम अपना पूर्वज राजा भोज के नाम पर भोजपुर राखल लोग। एही कारण से इनका लोग के बोले जाये वाला भाषा के नाम भोजपुरी पड़ गईल।

भोजपुरी भाषा के इतिहास 7वीं सदी से शुरू होला – 1000 से अधिका साल पुरान बा। संत कबीर दास के जनमदिन भोजपुरी दिवस के रूप मे मनावल जाला।

इहो देखीं : भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत

अगर देखल जाव त पूरा विश्व मे ३० करोड़ से भी ज्यादा लोग भोजपुरी बोलेला। भोजपुरी भाषा पश्चिमी बिहार, पूर्वी उत्तर प्रदेश तथा उत्तरी झारखण्ड के क्षेत्रन मे खूब बोलल जाला। एतने ना भोजपुरी भाषा के पहुंच बिदेशो मे बा, जइमे सूरिनाम, गुयाना, त्रिनिदाद और टोबैगो, फिजी जइसन देश प्रमुख बा।

मुख्यरुप से भोजपुरी बोलवाला जिला के नाव नीचे लिखल बा:

बिहार : बक्सर जिला, सारण जिला, सिवान, गोपालगंज जिला, पूर्वी चम्पारण जिला, पश्चिम चम्पारण जिला, वैशाली जिला, भोजपुर जिला, रोहतास जिला, बक्सर जिला, भभुआ जिला

उत्तर प्रदेश : बलिया जिला, वाराणसी जिला,चन्दौली जिला, गोरखपुर जिला, महाराजगंज जिला, गाजीपुर जिला, मिर्जापुर जिला, मऊ जिला, इलाहाबाद जिला, जौनपुर जिला, प्रतापगढ़ जिला, सुल्तानपुर जिला, फैजाबाद जिला, बस्ती जिला, गोंडा जिला, बहराईच जिला, सिद्धार्थ नगर,आजमगढ जिला

झारखण्ड : पलामु जिला, गढ़वा जिला,

नेपाल : रौतहट जिला, बारा जिला, बीरगञ्ज, चितवन जिला, नवलपरासी जिला, रुपनदेही जिला, कपिलवस्तु जिला, पर्सा जिला

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version