भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य धरती ह बिहार के

धरती ह बिहार के

0

बिहार भारत के उत्तर के एक प्रान्त ह। बिहार जमीन के हिसाब से(३८२०२ वर्ग मीटर) भारत मे १२ वाँ राज्य अउर जनसंख्या के हिसाब से ३सरा राज्य ह। बिहार के ८५ प्रतिशत आबादी गाव में रहे ला। ५८ प्रतिशत बिहारी २ साल के आयु से कम हँवें जवन भारत में सबसे जादा समानता में बा।बिहार में भोजपुरी , बज्जिका ,मगही , मैथिली अउर अंगिका भाषा बोलल जाले

बिहार क भूगोल –

बिहार पश्चिम बंगाल अउर उत्तर प्रदेश के बीच में पडेला जेकरा वजह से एकर
जलवायु,अर्थशास्त्र अउर संस्कृति में अच्छा स्थान मिलल बा। बिहार के उत्तर दिशा में नेपाल देश और दक्खीन में
झारखण्ड हउए। बिहार के समतल क्षेत्र दो हिस्सा में बट्ट्ल बा, जेकरा बीच सेगंगा
नदी,पश्चिम से पूरब दिशा में बहेली। बिहार मे जंगल ६७६४.१४ वर्ग मीटर मे फइलल
बा,जवन पूरा भौगौलिक हिस्सा के ७.१ प्रतिशत हवे।

बिहार मे भाषा –
बिहार राज्य के अधिकृत सरकारी काम-काज के भाषा हिन्दी हवे अउरी दूसर का सरकारी भाषा उर्दू ह, जेकर प्रयोग मुख्य रूप से पढ़े-पढ़ावे, कानूनकाम-काज इत्यादि में
ही होला। बिहारी लोगन के आपस के काम-धाम आ बात-चीत के माध्यम भोजपुरी – मुख्य रूप से गोपालगंज , सीवान, छपरा,
मोतिहारी, बेतिया, भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आरा , कैमूर(भभुआ) जिला में, मैथिली,सीतामढ़ी, दरभंगा, मधुबनी, सहरसा,समस्तीपुर, बेगुसराय, मधेपुरा,सुपौल, शिवहर, खगड़िया,मुंगेर, बाँका इत्यादि जिला में), अंगिका,मगही वज्जिका इत्यादि हवे।

बिहार के इतिहास –
बिहार के महातम ना केवल अभिए बल्कि बहुत पहिले से हवे। प्राचीन भारत में लगभग ४७५ ई. तक यानि गुप्त वंश तक जेतना भी राजा भईलन उनकरबिहारे एगो राज्य रहल
औरी जवन अपना ओर सभेके लुभवलस। एकर प्रमाण उ लोग के राजधानी से लगावल
जा सकेला। पुरनका बिहार जेकरा में अंग (पूरबी बिहार), बिदेह (उत्तर बिहार), मगध
(दखिन बिहार) अउर वैशाली/ लिच्छवी (उत्तर बिहार) शामिल रहे, उ पुरनका भारत में शक्ति, ज्ञान अउर संस्कृति के केंद्र
रहल। मगध से भारत के पहिलका सबसे महान साम्राज्य उभरल, जेकरा के सभे मौर्य
साम्राज्य के नाम से जानत बा, उ संसार के वोह साम्राज्यन में रहे, जवन कि धरम का पालन करत रहे। मगध साम्राज्य पूरा दखिनी एशिया को एक राज के अन्दर कईले रहे। एह काम में मौर्य साम्राज्य के अलावे गुप्त राजवंश के भी खूबे योगदान रहे।
बिहार जेकर राजधानी पटना ह,ओकरा के पाटलिपुत्र ( कुसुमपुर) नाम से भी जानल जाला, जवन कि भारतीय सभ्यता के बहुत खास केंद्र रहे के प्रसिद्धि हासिल कईले बा एही क्रममें शिक्षा केमहत्त्वपूर्ण केंद्र नालंदा विश्वविद्यालय के स्थान भी ना केवल भारत में ही अपितु पूरा विश्व में प्रसिद्ध बा।

बिहार के जिला
बिहार में 38 गो जिला आ 9गो प्रमंडल बा:
अररिया जिला
अरवल जिला
औरंगाबाद जिला
कैमुर जिला
कटिहार जिला
किशनगंज जिला
खगडिया जिला
गया जिला
गोपालगंज जिला
जमुई जिला
जहानाबाद जिला
दरभंगा जिला
नवादा जिला
नालंदा जिला
पटना जिला
पश्चिम चंपारण जिला
पूर्णिया जिला
पूर्वी चंपारण जिला
बक्सर जिला
बाँका जिला
बेगूसराय जिला
भागलपुर जिला
भोजपुर जिला
मधेपुरा जिला
मधुबनी जिला
मुंगेर जिला
मुजफ्फरपुर जिला
रोहतास जिला
लखीसराय जिला
वैशाली जिला
सहरसा जिला
समस्तीपुर जिला
सारण जिला
सीतामढी जिला
सिवान जिला
सुपौल जिला
शिवहर जिला
शेखपुरा जिला

बिहार के प्रमण्डल आ जिला –
पटना प्रमंडल : पटना जिला |
नालंदा जिला | भोजपुर जिला |
रोहतास जिला | कैमुर जिला |
बक्सर जिला।तिरहुत प्रमंडल: मुजफ्फरपुर
जिला | पश्चिम चंपारण जिला |
पूर्वी चंपारण जिला |सीतामढी जिला | शिवहर जिला| वैशाली जिला
दरभंगा प्रमंडल: दरभंगा जिला |
मधुबनी जिला | समस्तीपुर जिला
कोशी प्रमंडल: सहरसा जिला |
मधेपुरा जिला | सुपौल जिला
पूर्णिया प्रमंडल : पूर्णिया जिला
| कटिहार जिला | अररिया जिला
| किशनगंज जिला|भागलपुर प्रमंडल: भागलपुर जिला | बाँका जिला
मुंगेर प्रमंडल: मुंगेर जिला |
बेगूसराय जिला | जमुई जिला |
खगडिया जिला | लखीसराय
जिला | शेखपुरा जिला|मगध प्रमंडल: गया जिला |नवादा जिला | औरंगाबाद जिला
| जहानाबाद जिला | अरवल जिला |सारण प्रमंडल: सारण जिला |सिवान जिला | गोपालगंज जिला

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version