भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य पिया जबसे भइलें परदेसिया

पिया जबसे भइलें परदेसिया

0

पिया जबसे भइलें परदेसिया
भेजेंलें नाही कवनो संदेसिया
दुखवा सहाला नाही जीअल पहाड़ भइल!
सवतिन जिनिगिया कइसन हमार भइल!!…….२

अंखियाँ में छाइल काली बदरिया
सेजिया भयावन ओढ़ेलीं चदरिया
याद सपना के खातिर अब तुहार आइल!
सवतिन जिनिगिया कइसन हमार भइल!!…….२

जियरा में हूक उठल कइसे बताईं
पपिहा के कूक अब जइसे सुनाईं
प्रीत बरखा से भिगि,ओढ़नी हमार गइल!
सवतिन जिनिगिया कइसन हमार भइल!!…….२

मेघ से कहतानी बरसें घनघोर से
बिजली गिरा दे वहाँ जोर जोर से
जौने विदेशवा में पिया बसलें हमार गइल
सवतिन जिनिगिया कइसन हमार भइल!!…….२

दुखवा सहाला नाही जीअल पहाड़ भइल!
सवतिन जिनिगिया कइसन हमार भइल!!…….२

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version