भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी ग़ज़ल विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल दू गो भोजपुरी गजल

विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल दू गो भोजपुरी गजल

0
विद्या शंकर विद्यार्थी जी

आई पढ़ल जाव विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल दू गो भोजपुरी गजल, पढ़ीं आ आपन राय बताइ कि रउवा इ भोजपुरी गजल कइसन लागल आ रचनाकार के मनोबल बढ़ाई

विद्या शंकर विद्यार्थी जी
विद्या शंकर विद्यार्थी जी

अँजोरिया में सँवर के पसर गइलीं हम
पतझर आवे से पहिले झर गइलीं हम

महक के रूप का ह गुलाब से जान लीं
दुनिया के रीत से मगर कँटहर गइलीं हम

रहे थाह ना पता केतना मंजिल बा दूर
सांस लेबे के मन से ठहर गइलीं हम

तोहरो सहर गाँव में बिरिछ कवनो होई
अपना वजूद के बृछ रहीं कबर गइलीं हम

जहाँ नफरत होई तहाँ बसिहऽ ना कबो
कँकड़ी लागल घइला प, चिहर गइलीं हम

दरद बढा़ देले बा रिश्ता करीब लाके
दरद बढ़ा देले बा आहिस्ता नसीब लाके

आपन बा दूर भइल डगर में बीचे छोड़ के
दरद बढ़ा देले बा रास्ता अजीब लाके

नजरि से दूर भइलऽ नजरि में बसा के
दरद बढ़ा देले बा वास्ता नगीच लाके

कहाँ से दूगो राही आके नसीब से मिलल
दरद बढ़ा देले बा विवशता अजीब लाके

रोवे के मन केकर ह हँस लिहला के बाद
दरद बढ़ा देले बा रिश्ता नगीच लाके।

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version