भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत माई अँचरा के छाँह भुलाइब ना : विद्या शंकर विद्यार्थी

माई अँचरा के छाँह भुलाइब ना : विद्या शंकर विद्यार्थी

0
विद्या शंकर विद्यार्थी जी
विद्या शंकर विद्यार्थी जी

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आई पढ़ल जाव विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल देबी गीत माई अँचरा के छाँह भुलाइब ना, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल देबी गीत
अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

माई अँचरा के छाँह भुलाइब ना
माई तोहरा के हम बिसराइब ना ।
माई….।

माई तोहरा से हमार सनसार बाटे
माई तोहरा से हमार उजियार बाटे
माई चहबु त तम से धराइब ना ।
माई…..।

माई लाल होई कौन सिर ना ँच करी
दुश्मन आई त सनमुख ना कुँच धरी
डर का चीज ह भय खाइब ना।
माई…..।

लोग नाम तोहार छिन्नमस्तिका लेला
आके दुआर तोहरा मस्तक टेक देला
रउरा रोअत के रोआइब ना।
माई…..।

माई दीया के अँजोर से अँजोर होला
हवा तेज होला बाकि कमजोर होला
माई सेवा करत अनसाइब ना।
माई…..।

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version