भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत भोजपुरी गीत दिलवा के बतिया : प्रियंका त्रिवेदी

भोजपुरी गीत दिलवा के बतिया : प्रियंका त्रिवेदी

0
भोजपुरी गीत दिलवा के बतिया : प्रियंका त्रिवेदी

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव प्रियंका त्रिवेदी जी के लिखल भोजपुरी गीत, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा प्रियंका त्रिवेदी जी के लिखल रचना अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

सुन ल बाबा हमार
दिलवा के बतिया,
का रहे कसूर हमार।

भईया के रखल बाबा
अपना भिरिया,
काहे हमरा के सौप देल
दूसरा के हाथ।

केकरा से कहीं बाबा,
दिलवा के बतिया।
केहू बूझे न दर्द हमार।

केहू ना समझे ऐहिजा
हमरा के आपन।
सब केहू बतावे
खलसा दोष हमार।

सुन ल बाबा हमार
दिलिया के बतिया।
का रहें कसूर हमार।

काहे तू झुकल बाबा
विधिना के आगे ।
हम तो रहनी बाबा
अंखियां के पुतलियां तुहार।।

काहे बाबा हमरा से
माई अचरवां छिनल।
केहू ना बुझे ऐहिजा
अंखियां ले दिलवा के हाल।।

प्रियंका त्रिवेदी,  बक्सर -डुमरांव

भोजपुरी गीत दिलवा के बतिया : प्रियंका त्रिवेदी
भोजपुरी गीत दिलवा के बतिया : प्रियंका त्रिवेदी

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version