भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत मर के भी भोजपुरी माई हम चुकाई तहार इ एहसान

मर के भी भोजपुरी माई हम चुकाई तहार इ एहसान

0
चन्दन कुमार सिंह
चन्दन कुमार सिंह

माटी के क़र्ज़ बा हम मर के भी चुकायेब
तोरा के माटी क देब चाहे हमही माटी हो जायेब
कहत बानी उ हम करके देखायेम
इहा हम खाली हाथ ना जायेम

रै कसके पकड़ ना त झाड़ देम, तोरा के तऽ हम उखाड़ देम
जाहा से आइल बाड़े ओहि जा फेर से गाड़ देम
तोरा के तोरे जमीन पर पछाड देम, झण्डा भोजपुरी बेटा गाड़ देम
कहत बानी तोरा मन से हम इऽ फुहारपन आ अश्लीलता निकाल देम

जीती चाहे हारी हमरा कौनो परवाह नइखे
सही बता दी हमरा कौनो परवाह नइखे
भोजपुरिये हमार रब हऽ, भोजपुरिये हमार पीर
माई के आलावा और कुछो दरकार नइखे

लिखेब लिखेब लिखे के जरूर बा, बोलेब बोलेब बोले के जरूर बा
अश्लीलता आ फुहारपन के भागवे के जरूर बा
का करी हमार दिल तs मज़बूर बा
आपन भोजपुरी के इ बेमारी से मुक्ती दिवावे के जरूर बा

जब ले रही हमरा में रही जान
मर के भी भोजपुरी माई हम चुकातहार इ एहसान
रंग तहरा जीत के, रंग तहरा प्रीत के
चारु ओर लहराओ हमार तऽ इहे बा अरमान

चन्दन कुमार सिंह
हिन्दी फिल्म ABCD2 के गाना बन्दे मातरम के भोजपुरी अनुबाद

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version