बिना इंटरनेट के चेक करीं आपन PF बैलेंस

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

How to check PF balance (PF बैलेंस): अगर रउवा अपना पीएफ के बैलेंस चेक करे के बा त बिना इंटरनेट के भी रउवा चेक कर सकत बानी की राउर पीएफ एकाउंट केतना पइसा बा।

नीचे दिहल बा पीएफ के बैलेंस चेक करे के तरीका उहो बिना इंटरनेट के।

अपना देस में करोड़ों के संख्या में पीएफ खाताधारक बाड़े। अकसरहा इ देखे के मिलेला कि पीएफ खाताधारक आपन प्रॉविडेंट फंड (PF) के बैलेंस जाने खातिर परेसान रहेले आ कई बार जानकारी ना होखला के कारन खाताधारक आपन प्रॉविडेंट फंड (PF) के बैलेंस ना जान पावेले। अगर रउआ भी अपना पीएफ के बैलेंस चेक करे के चाहत बानी त बिना इंटरनेट के एह तरीका से जान सकत बानी।

SMS भेज के जानी आपन PF बैलेंस ।

EPFO में रजिस्टर्ड आपन मोबाइल नंबर से 7738299899 पर EPFO UAN LAN (भाषा) भेजे के बा। LAN के मतलब राउर भाषा से बा। अगर रउवा अंग्रेजी में जानकारी चाही त LAN के जगहा ENG लिख दीं आ अगर हिंदी में चाहीं त LAN के जगहा HIN लिख दीं।

हिंदी में जानकारी पावे खातिर EPFOHO UAN HIN लिख के 7738299899 प मैसेज कर दीं, मैसेज भेजला के कुछ देर बाद पीएफ बैलेंस के मैसेज रउवा फोन प आ जाई।

मिस्ड कॉल से जानी अपना प्रॉविडेंट फंड (PF) के बैलेंस।

अगर रउवा मिस्ड कॉल मार के अपना प्रॉविडेंट फंड (PF) के बैलेंस के बैलेंस जाने के चाहत बानी त अपना रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर से 011-22901406 प मिस्ड कॉल मार दीं कुछ देर बाद पीएफ बैलेंस के मैसेज रउवा फोन प आ जाई।

एह साल केतना मिली बेयाज।

EPFO एह साल (2021-2022) खातिर बेयाज के दर 8.1% तय कइले बा आ जून तक बेयाज के पइसा के पीएफ खाता में आवे के उम्मीद बा।

EPFO Website

pf balance check number
pf balance check number

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं