21 गो ट्विटर के बारे में कुछ रोचक बात

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आईं पढ़ल जाव ट्विटर(Twitter) के बारे में कुछ रोचक बात , पढ़ीं आ आपन राय दीं कि रउवा ट्विटर (Twitter) के बारे में कुछ रोचक जानकारी कइसन लागल आ रउवा सब से निहोरा बा कि शेयर जरूर करी।

  1. ट्विटर के चिरई के नाम लैरी ह।
  2. हर मिनट 350,000 ट्वीट भेजल जाला।
  3. @Sweden ट्विटर अकाउंट हर हफ्ता एगो नागरिक के चलावे खातिर दिहल जाला।
  4. जस्टिन बीबर के ट्विटर स्पेन के आबादी से अधिका फॉलोअर्स बाड़े।
  5. सी.आई.ए. तकरीबन 50 लाख ले ट्वीट रोज पढ़ें ले।
  6. अमेरिकी सरकार 2011 में क्यूबा के लोग खातिर एगो ट्विटर क्लोन बनवले रहे।
  7. चीन में फेसबुक, ट्विटर आ द न्यूयॉर्क टाइम्स 2009 से ब्लॉक बा।
  8. 44% रजिस्टर्ड ट्विटर यूजर कबो ट्वीट नइखन कइले।
  9. माइकल जैक्सन के मौत के खबर अइला के बाद उनकर जिक्र 5,000 प्रति मिनट ट्वीट के दर से भईल।
  10. साल 2011 में ट्विटर यूजर रोज “War and Peace” के 8,163 प्रति के बराबर ट्वीट कईले।
  11. वेटिकन के मुताबिक, ट्विटर प पोप के फॉलो क के रउवा शुद्धिकरण में बितावे वाला समय के कम क सकतानी।
  12. एगो रिपोर्ट में पावल गईल बा कि ट्विटर प जस्टिन बीबर के करीब 50% फॉलोअर्स फर्जी बाड़े।
  13. एगो ट्विटर अकाउंट बा जवन WW2 के “रियल टाइम” में बखान करेला।
  14. दुनिया के 90% इंटरनेट यूजर ट्विटर के इस्तेमाल ना करेले।
  15. एफबीआई के लगे ट्विटर स्लैंग डिक्शनरी बा।
  16. साल 2012 में वेनेजुएला के राष्ट्रपति ह्यूगो चावेज अपना 3,000,000वां ट्विटर फॉलोअर, 19 साल के लईकी के एगो नाया घर के इनाम देले रहले।
  17. साल 2016 में सऊदी अरब के एगो अदालत ट्विटर पोस्ट के माध्यम से अपना नास्तिकता के दावा करे के आरोप में एगो आदमी के 10 साल के जेल अवुरी 2,000 कोड़ा के सजा सुनवले रहे।
  18. एगो अध्ययन के मुताबिक ट्विटर सिगरेट अउरी शराब से जादे लत लागे वाला बा।
  19. साल 2016 में भइल ट्विटर हैक में पावल गइल कि 123456 साइट के सभसे आम पासवर्ड बा आ 120,000 से अधिका लोग इहे पासवर्ड सेट करे ला।
  20. ट्विटर के बैंक में एतना पईसा बा कि वर्तमान घाटा के संगे 412 साल तक चल सकेला ।
  21. अपना कार्यकाल के पहिला महीना के दौरान डोनाल्ड ट्रंप 18 घंटा के आस पास ट्वीट प बितवले।
ट्विटर के बारे में कुछ रोचक बात
ट्विटर के बारे में कुछ रोचक बात

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं