हो बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला | योगेन्द्र शर्मा “योगी”

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आईं पढ़ल जाव भोजपुरी कविता हो बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला, भोजपुरी कविता के लेखक बानी योगेन्द्र शर्मा “योगी” जी। पढ़ीं आ आपन राय जरूर दीं कि रउवा योगेन्द्र शर्मा “योगी” जी लिखल भोजपुरी कविता कइसन लागल आ रउवा सब से निहोरा बा कि अगर रउवा सब के रचना अच्छा लागल त शेयर क के आगे बढ़ाईं।

लेइ लेहला बलिदान,
कइसे करबा कन्यादान ।
हम जबाब मांगीला – हो बाबू !
हो बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला ।………(1)

काहे कइला भेदभाव , देहला ठुकराई ,
कवन मजबूरी में बनला कसाई ।।
अपने हिसउआ के प्यार मांगीला ।
हो बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला ।…….(2)

देता जनमाई त रोटिया बनाईत ।
भाई के कलइया पे रखिया सजाइत ।
खिचड़ी क अपने उधार मांगीला ।
हो बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला ।…….(3)

योगेन्द्र शर्मा "योगी"
योगेन्द्र शर्मा “योगी”

भउजी के छोटकी ननदिया कहाइत ।
नोंक झोंक करित उनसे , करित हम लड़ाई ।
रिश्ता के अपने अधिकार मांगीला ।
हो बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला ।…….(4)

आवत जब बरात दुअरे , करता अगवानी ।
मार मोहे कोखिये में कइला तू नदानी ।
मड़वा के अपने दुलार मांगीला ।
हो-बाबू ! ममता के तोहरे हिसाब मांगीला ।…….(5)

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं