घोघोरानी ! केतना पानी?

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

एह खेल में कुछ लइका मिलके एगो गोलाई बना लेलेसन गोलाई के बीच में एगो लइका खाड़ा हो जाला। मान लेहल जाला कि बीच वाला लइका नदी में नहाए खातिर समाइल बा। प्रोकर नांव घोघोरानी रखाला। घोघोरानी या गोलाई के लइकन के बीच सवाल जबाब होला।

घोघोरानी ! केतना पानी?
घोघोरानी ! केतना पानी?

लइका: घोघोरानी ! केतना पानी ?
घोघोरानी – ऍडोभर।
लइका: घोघोरानी ! केतना पानी ?
घोघोरानी – ठेहुँन भर।
लइका: घोघोरानी ! केतना पानी?
घोघोरानी – जाँधभर।
लइका:घोघोरानी ! केतना पानी !
घोघोरानी – डाँडभर।
लइका:घोघोरानी ! केतना पानी ?
घोघोरानी – छातीभर।
लइका:घोघो-रानी ! केतना पानी ?
घोघोरानी – गरदन भर।
लइका:घोघो-रानी ! केतना पानी ?
घोघोरानी – केसभर।

केस भर पानी कहके घोघोरानी डबे के नाटक करीहेंउनुकाके लइका सभ मिलके निकासेलन । जब घोघोरानी निकल जइहें त फेरू लइका गोलाई में खाड़ा होखेलन स घोघो रानी दुनु लइकन के धरावल हाथ के दुआर मानके अोकनी से पूछिहें, हई दुअरिया काटौं ? सभ दुपार पर उनके जबाब मिली ‘माई खिसियाई’। घोघोरानी एक ब एक कवनो दुआर काटके भगिहें। सभ लइका उनुके पीठी अइहेंसन। घोघोरानी के जे पहिले छू दी ऊहे घोघोरानी बनी।

वीडियो देखीं केंगा लइका-फइका घोघोरानी ! केतना पानी? खेल रहल बाड़े स

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं