भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत सुधर जा पड़ोसी – भोजपुरी गीत

सुधर जा पड़ोसी – भोजपुरी गीत

0
सुधर जा पड़ोसी : लाल बिहारी लाल
सुधर जा पड़ोसी : लाल बिहारी लाल

बहुत हो गइल अब तS पड़ोसी
सुधर जा सुधर जा सुधर जा हो….
तंग कर ना जन हमके बेसी
सुधर जा सुधर जा सुधर जा हो….

कर बतिया के आव समाधान हो
ना त सीमा पर जाई केतना जान हो
ना तS हम समझाइब अब देसी
सुधर जा सुधर जा सुधर जा हो….

होई सीमा पर अब ना कबनो लाफरा
आपन माटी के होए ना देहब बाखरा
आव लाइन पर अब तू परोसी
सुधर जा सुधर जा सुधर जा हो….

कर खेल तू बंद आतंकवाद के
खत्म कर तू सब अब बिबाद के
ना तS मारब पकर के खूब केसी
सुधर जा सुधर जा सुधर जा हो….

ना जे मनब मनाइब लाबदा से
पी.ओ.के.अब छोड़ाइब काब्जा से
लाल बिहारी बहुते संतोषी
सुधर जा सुधर जा सुधर जा हो….

लेखक: लाल बिहारी लाल
सचिव: लाल कला मंच,नई दिल्ली
फोन: +91-7042663073, +91-9868163073

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version