भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल सोहर

देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल सोहर

0
देवेन्द्र कुमार राय जी
देवेन्द्र कुमार राय जी

सोरठी तर्ज पर देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल सोहर

मोरा पिछुअरिया सीरीसिया के गंछिया,
सीरीसिया के गंछिया हो,
ताहि पर बोले बनमोर नु ए राम।

होत भिनुसरवा जब रोवेला होरीलवा,
अरे रोवेला होरीलवा हो,
सउंसे नगर भईले सोर नु ए राम।

धावल धुपल सासु रानी अईली,
अरे सासु रानी अईली हो,
बहुआ छुलछन बड़ भाग नु ए राम।

होरीला के रुप देखी बोलेली गोतीनीया,
अरे बोलेली गोतीनीया हो,
होरीला ई कुल के अंजोर नु ए राम।

खाढे़ ओसरवा से बोले छोटी ननदी,
अरे बोले छोटी ननदी हो,
हमहुं लिहबि नवलखा हार नु ए राम।

होरीला के बाबा दुअरा अन धन लुटावे,
अरे अन धन लुटावे हो,
सईंया लुटावे मोतीयन हार नु ए राम।

जुग जुग बाढो़ बहुआ तोहरो एहवाती,
अरे तोहरो एहवाती हो,
दुनो कुल के कईलु अंजोर नु ए राम।

राय देवेन्दर ई सोहर सुनावे,
अरे सोहर सुनावे हो,
होरीला जिअसु लाख बरीस नु ए राम।

पढ़ीं देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल रचना

देवेन्द्र कुमार राय
(ग्राम +पो०-जमुआँव, पीरो , भोजपुर, बिहार )

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version