भोजपुरी रंगकर्म संस्था रंगश्री आ संस्थापक श्री महेंद्र प्रसाद सिंह

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी भाषा (Bhojpuri Bhasa) आ साहित्य के संवर्धन आ प्रचार प्रसार में कई गो भोजपुरिया अपना स्तर से लागल बाड़े। कई लोग भोजपुरी आंदोलन से भी जुड़ल बा आ जुड़ रहल बा। एह भोजपुरी भाषा के आगे बढ़ावे खातिर भोजपुरिया लोग हमेशा से प्रयासरत रहल बा।

बाकिर इहा हम बात करे जा रहल बानी एगो रंगमंच के अइसन हस्ती से जवन एह आंदोलन के तहत भोजपुरी नाट्य साहित्य आ रंगकर्म के समृद्ध करे में साल 1978 ई. से लागल बानी आ भोजपुरी के सेवा अपना रंगकर्म आ साहित्य के माध्यम से कर रहल बानी।रउआ सभे जान गइल होखब इहा बात होता आदरणीय श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी के।

इहा के रंगश्री नाम के एगो नाट्य संस्था के स्थापना 1978 में बोकारो स्टील सिटी में कइले रही। रंगश्री संस्था के शुरुआत भले बोकारो स्टील सिटी से भइल बाकिर रंगश्री के बैनर तले कई गो नाटकन के मंचन देश भर में कई गो प्रमुख शहरन में हो चुकल बा आ हो रहल बा।आजु श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी के ही लगन आ मेहनत के नतीजा ह कि रंगश्री संस्था के 40 साल पूरा हो गइल बा। लगभग 16 -17 साल से रंगश्री दिल्ली में भोजपुरी रंगकर्म के बढ़ावे में आपन सक्रिय भूमिका निभा रहल बा।

श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी
श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी

एकरा में कई गो कलाकार लोग सक्रीय रूप से लागल बाड़न। रंगश्री के प्रमुख आ संस्थापक सुप्रसिद्ध रंगकर्मी श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी के भोजपुरी रंगकर्म खातिर दिल्ली सरकार द्वारा “बिहार सम्मान” से सम्मानित भी कइल जा चुकल बा।

इहा के दू गो नाटक “कचोट” आ “बिरजू के बियाह” खुद लिखले बानी आ ई दूनो नाटक के मंचन जब भी भइल बा,दर्शक लोगन के अपार समर्थन आ सराहना मिलल बा।खास कर के “बिरजू के बियाह” नाटक के मंचन त देश के कई गो मंच से सौ गो से ज्यादा बार भइल बा आ खूब सराहल गइल बा।

रउआ सभे के बता दी कि श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी के लिखल ई दूनो नाटक “कचोट” आ “बिरजू के बियाह” किताब के रूप में प्रकाशित भी हो चुकल बाड़ी सन।श्री महेंद्र प्रसाद सिंह जी रंगकर्म के माध्यम से भोजपुरी आंदोलन से जुड़ल बानी। “भोजपुरी जन जागरण अभियान” द्वारा जब जब धरना आंदोलन भा कवनो कार्यक्रम भइल बा इहा के खुद शामिल भइल बानी आ पूरा टीम भी शामिल होत आइल बा।इहा के कई गो सिनेमा में भी अभिनय कइले बानी।

हमनी खातिर गर्व के बात बा कि रंगश्री के सुप्रसिद्ध भोजपुरी नाटक “बिरजू के बियाह” के अगिला मंचन हमनी के इस्पात नगरी जमशेदपुर में 29 नवम्बर 2018 के बिष्टुपुर स्थित तुलसी भवन सभागार में होखे जा रहल बा।

राजेश भोजपुरिया

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम
भोजपुरी के पुनरुक्ति शब्द आ युग्म शब्द
भोजपुरी शब्द संरचना

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं