खेतवा घुमा दी | भोजपुरी कविता | संजीव कुमार सिंह

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव संजीव कुमार जी के लिखल भोजपुरी कविता खेतवा घुमा दी , रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा संजीव कुमार जी के लिखल भोजपुरी कविता अच्छा लागल त शेयर जरूर करी।

भइसिया पे होजा सवार,
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी ।

गउआ जवरिया बहे पुरवइयाँ
पिपरा के पतवा,लगावे नजरिया
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी ।

खेतवा घुमा दी | भोजपुरी कविता
खेतवा घुमा दी | भोजपुरी कविता

चम्पा चमेली महकावे डगरिया
दुभवा आ घसिया, बनल बा मखमलिया
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी।

झूमे मकईया गावेले चिरइया
रुन झुन बजावेले, नदियां के पनिया
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी।

नवकी दुलहिनिया बचावे नजरिया
छुप छुप काटेली, धनवा के बलियां
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी।

बैलन के जोड़ियां बजावे संगीतवा
खेतवा में झुमि झुमि, गावे किसनवा
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी।

खेतवा में गाड़ी के बसवा के पाटी
खलीहनवा में लागल बा अनवा के थाती
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी।

संजीव कुमार जी
संजीव कुमार जी

गांव से गोरिया चलेली बजारे
खेतवा पगडंडिया के सोहरत निहारे
भइसिया पे होजा सवार
गोरी तोहे खेतवा घुमा दी।

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं