भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत भोजपुरी गीत पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से

भोजपुरी गीत पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से

0
जलज कुमार अनुपम
जलज कुमार अनुपम

पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से
माई के आशिष लेले मेहरी के बाच बायन
मनवा कचोटत काहे कइनी पलायन
बहुत दूरी भइल अब अपना दर से
पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से
पेट पइसा अइसन बबुआ सब सुख लुटवनी
नाता रिश्ता नेवता पेठिया सब कुछ गववनी
अब मनवा सोचे काहे कट गइनी जर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से
पुरुवा बेयारवा हो राम आइल बा घर से
मनवा हो उखरल लागे अब त शहर से

राउर आपन
जलज कुमार अनुपम
बेतिया , बिहार
संपर्क सूत्र : +९१९९७१०७२०३२

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version