भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता जलज कुमार अनुपम जी के लिखल भोजपुरी कविता होरहा

जलज कुमार अनुपम जी के लिखल भोजपुरी कविता होरहा

0
जलज कुमार अनुपम
जलज कुमार अनुपम

बड़का मछरी छोटका के खाल
इ नियति के भइया बनल बिधान ह
जात पात के उलझन हरदम सुलझल
सबकेहु जानेला जग मे करम परधान ह
कमजोर हर जगहे कचराला नोचाला भरमावल जाला
बनके होरहा बड़ियड़कन के इ भुरभुट के चबावल जाला
बच के रहे खतिरा बड़ियार बने पड़ी
आस दोसर के छोड़ के खुद लड़ें के पड़ी
जिनगी यातरा के नाम ह हक आ स्वाभिमान के
आग होला एहमे बहुत जिए ला ताप सहे के पड़ी

जलज कुमार अनुपम
बेतिया , बिहार
संपर्क सूत्र : +९१९९७१०७२०३२

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version