भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल भोजपुरी गीत देवता

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल भोजपुरी गीत देवता

1
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

नाहीं उठेला जिनिगिया के भार देवता ।
जोरिहा हमसे पिरितिया के तार देवता ॥

नइहर छूटल, छूटल सासु के दुवारिया
कतहूँ न इंजोर लउके सगरों अन्हरिया
बाझल जिनगी जगतिया मझार देवता ॥

बोझिल रिसता आ बोझिल परिवार हो
देखि देखि पिराला ई हियरा हमार हो
ना जाने कहवाँ बिलाइल बहार देवता ॥

मनई न देखे मनई, मनई ना सुनेला
आपन आपन करे, बस आपन गुनेला
तोहीं भरि आँखि लीहा निहार देवता ॥

बाचल न गाँव आपन नाही बचल देशवा
अझुराइल हित मीत मिलल ना सनेसवा
सझुरहिया सभके आ लीहा सँभार देवता ॥

-जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

1 COMMENT

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version