भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी गीत बात समझ ना पाईले

देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी गीत बात समझ ना पाईले

0
देवेन्द्र कुमार राय जी
देवेन्द्र कुमार राय जी

किस्मत से निकल के का आईल
ई बात समझ ना पाईले,
जहवां जहवां कुछ आस दिखे
ओह ओर खीचल चलि जाईले।

सभ अन्जान भईल एहीजा
केहु ना आपन लागेला,
जेकरा खातीर सुख तेजले रहीं
उ देखते हमरा के भागेला,
कईसन ई समय के आईल फेर
काहे ओकरे पीछे धाईले
किस्मत से——–समझ ना पाईले।

कवन हमसे उ भूल भईल
जवना के सजा हम भोगिला,
कईसे बिछुड़ल उ प्यार मिली
दिन रात ईहे हम सोचिला,
कवना ई जनम के चूक रहे
काहे ई जहर हम खाईले
किस्मत से——–समझ ना पाईले।

जइसन ई दरद मिलल हमरा
दुश्मन के दरद ई मिले ना,
बरबाद न हो केहु ईहवां
अईस हम बात बताईले
किस्मत से——–समझ ना पाईले।

देवेन्द्र कुमार राय
(ग्राम+पो०-जमुआँव, पीरो, भोजपुर, बिहार )

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version