भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी बालगीत

देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी बालगीत

0
देवेन्द्र कुमार राय जी

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी बालगीत, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल रचना अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

आव बदरी आव
आव आव बदरी आव
झूम झूम पानी बरसाव।

देवेन्द्र कुमार राय जी
देवेन्द्र कुमार राय जी

सागर से जल भरि लाव
आव बरीस लड्डू पाव,
झम झम जब बरसी पानी
सजी खेत चुनर से धानी,
अब भादो के मति तरसाव
आव आव—-पानी बरसाव।

उपजी धान गेहूँ हरिआइ
चारो देने खुशियाँ छा जाइ,
खेती से जब घर भरि जाइ
दादी तोहरा के पुआ खिआइ,
आव बनि धरती के संघाती
एही खातीर हम भेजीं पाती,
अब ना तनिको देर लगाव
आव आव—-पानी बरसाव।

उपजी सगरो बांगर खादर
करी सभे तोहरा के आदर,
लहरी तल तलैया खेत
होइ जब बदरा से भेंट,
चारो देने जब बरखा होइ
भारत से दु:ख चली पराइ,
भारत के खेतिहर खेत पटाव
आव आव—पानी बरसाव।

देवेन्द्र कुमार राय जी के अउरी रचना पढ़े खातिर क्लिक करीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version