भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News News in Bhojpuri लोकगायक उदयनारायण सिंह के बेटी तीस्ता जिंदगी के जंग हार गइली।

लोकगायक उदयनारायण सिंह के बेटी तीस्ता जिंदगी के जंग हार गइली।

0
तीस्ता
तीस्ता
तीस्ता

रिविलगंज, छपरा,सारण के लोक गायक उदय नारायण सिंह जी के 17 साल के बेटी तीस्ता के इलाज एम्स पटना में कुछ दिन से चलत रहे। कम समय मे उभरत लोक गायिका अनुभूति शांडिल्य उर्फ ‘तीस्ता’ एक्यूट सेप्टेसेनिया नामक रोग से लड़त आज साँझी के अंतिम सांस ले ली ह।

कुछ समय मे ही भोजपुरी जगत में चर्चित “वीर कुँवर सिंह गाथा” के कई गो मंच से जीवंत करे वाली तीस्ता अब एह दुनिया मे ना रहली,भोजपुरी जगत के चहेती बेटी के जाये से समस्त भोजपुरिया समाज मर्माहत बा,बिटिया के जीवन खातिर कई दिन से हजारों लोग दुआ करत रहे।पाँच दिन से उ वेंटिलेटर पर रह के जिंदगी से जंग लड़त रही।

भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय संयोजक राजेश भोजपुरिया के अनुसार ई भोजपुरी जगत खातिर अपूरणीय क्षति बा,कुछु कहे खातिर शब्द नइखे।एह दुःखद घड़ी में भगवान उदय भईया के हिम्मत आ संबल प्रदान करस, सहे के शक्ति देस।हमार शोक आ संवेदना पूरा परिवार के साथे बा।

भोजपुरी जन जागरण अभियान, झारखंड इकाई, जमशेदपुर के गंगा प्रसाद अरुण, मनोकामना सिंह अजय, सुनील कुमार सिंह,कवलेश्वर पाण्डेय,रामनारायण उपाध्याय, सतेंद्र लाल,प्रदीप कुमार,सुनील तिवारी, अरविंद कुमार, नीरज कुमार के साथे सभे प्रतिनिधि आ सदस्य लोगन द्वारा दुःख व्यक्त करत विनम्र श्रद्धांजलि दिहल गइल आ लोगन द्वारा चर्चा कइल गइल कि कम समय मे ही तीस्ता समस्त भोजपुरिया जगत में जगह बना लेले रही, हमनी के मौन बानी जा ई खबर सुन के।

रउवा खातिर :
भोजपुरी किताब पढ़ें खातिर क्लिक करीं
भोजपुरी शब्दकोष देखे खातिर क्लिक करीं
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version