भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत लाल बिहारी लाल जी के लिखल भोजपुरी गीत तीन शब्दन के जाल...

लाल बिहारी लाल जी के लिखल भोजपुरी गीत तीन शब्दन के जाल में

0
लाल बिहारी लाल जी
लाल बिहारी लाल जी

छुपके-छुपा के आँख से आंसू बहाइले
केतनो भूलाये चाहीं, पर ना भुलाइले
छुपके–छुपा के आँख से आँसू………..

कइले रह तू वादा, साSथ निभावे के
पल-पल संगे साथे, खुशियाँ लुटावे के
हमसे से भइल खता का, काहे छुपाइले
छुपके–छुपा के आँख से आँसू………..

जिनगी के एह मोर पे, अब जाईँ हम कहां
मारी दुनिया ठोकर, पल-पल ईहां – उहां
टूटल अब डोर आश के, नेहियाँ लगाइले
छुपके–छुपा के आँख से आँसू………..

भंवरा बिना ई फूल के, रही ना कवनो मोल
भंवरा के बा ई आदत, रस चूसे डोल-डोल
तबहूँ भरे ना पेट रब से, अरजी लगाइले
छुपके–छुपा के आँख से आँसू………..

माई, भइया बाबू छोड़ के, अइनी रउआ साथ
लाल बिहारी एह उमर में, काहे करिले घात
तीन शब्दन के जाल में , काहे रुलाइले
छुपके–छुपा के आँख से आँसू………..

लेखक: लाल बिहारी लाल

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version