विद्या शंकर विद्यार्थी जी के दू गो रचना

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल दू गो भोजपुरी रचना, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल रचना अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

सावन गीत

रिमझिम परेला बुनिया अंगनवा सखिया
आइल बउए धधाइल बा सवनवा सखिया

गरजता तड़पता एतना बिजुरिया
चलनी जइसे देता पनिया बदरिया
अगराइल बउए आजू असमनवा, सखिया ।

केहू के सजना भवनवा में बाड़न
केहू के सजना परनवा में बाड़न
भींजत केहू के बउए ना नयनवा, सखिया ।

ओरिया के पनिया चुवेला धार से
झहरे त खेले कबो झोंका सिंगार से
अंचरी ओढ़ के निकलींला अंगनवा, सखिया ।

बेटा तिरंगा अब लहरा दे

बेटा तिरंगा अब लहरा दे जय हिंद जोर से बोल के
सीमा प चउकस पहरा दे जय हिंद जोर से बोल के।

बहुत दिन के बाद भेंटाइल कश्मीर के खुशहाली बा
हरसित चोला तरे से बाटे वतन के जागल माली बा
खोंखे जे सनमुख भहरा दे जय हिंद जोर से बोल के
बेटा तिरंगा अब लहरा दे जय हिंद जोर से बोल के।

दरद केतना छाती में बाटे माइए सहेजले बाड़ी रे
तिलक देके आपन लाल के माइए भेजले बाड़ी रे
कुछ ना हमरा के भिनहरा दे जय हिंद जोर से बोल के
बेटा तिरंगा अब लहरा दे जय हिंद जोर से बोल के।

तिरिया बिचार रहल बिया तीन सौ सतर हट गइल
सांसत में जिनगी रहे आ सांसत मिटल कट गइल
बेटा तिरंगा अब लहरा दे जय हिंद जोर से बोल के
सीमा प चउकस पहरा दे जय हिंद जोर से बोल के।

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

इहो पढ़ीं
भोजपुरी गीतों के प्रकार
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ
अनेक शब्द खातिर एक शब्द : भाग १
लइकाई के खेल ओका – बोका
भोजपुरी व्याकरण : भाग १
सोहर

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं