भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता फेरु बयरिया डोले लागी – श्रद्धानन्द पाण्डेय

फेरु बयरिया डोले लागी – श्रद्धानन्द पाण्डेय

0
फेरु बयरिया डोले लागी
फेरु बयरिया डोले लागी

फेरु बयरिया डोले लागी !
फेरु भले अॅधियार गइल बा,
दुर्वह मन के भार भइल बा ;
जँहवाँ ले लउकत बाटे
करिया सगरे संसार भइल बा।
लाल किरिनिया झाँकी, कलिया-
फेरु नजरिया खोले लागी !
फेरु बयरिया डोले लागी !!

हर चेतन चुप-चाप भइल बा,
नीरवता के शाप भइल बा,
मन में कतनो पीर रहे,
ओठनि के खोलल पाप भइल बा।
फेरु चिरइया चहकी, भोरे-
फेरु कोयलिया बोले लागी !
फेरु बयरिया डोले लागी !!

– श्रद्धानन्द पाण्डेय

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version