भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home Bhojpuri Film Industry News Bhojpuri Film News | भोजपुरी मूवी मसाला लाल बिहारी लाल के दू गो लोक गीत के रिकॉर्डिंग

लाल बिहारी लाल के दू गो लोक गीत के रिकॉर्डिंग

0
पिया निरमोही, बलम निरमोही
पिया निरमोही, बलम निरमोही

लाल बिहारी लाल के दू गो लोक गीत पहिलका- पिया निरमोही, बलम निरमोही आ दूसरका- अब त घरे आजा बालमा…। जेकरा के स्वर देले बारी लोक गायिक कंचन प्रिया । ई गीत आर.एन फिल्मस् एंड मीडियाकंपनी से बहुत जल्द बाजार में आवे वाली बिया। ई गीत एही नाम- पिया निरमोही, बलम निरमोही आ अब त घरे आजा बालमा.. से अलग अलग यू.ट्यूब पर जारी कईल जाई।

ये भी पढ़ें: दिनेश लाल यादव निरहुआ के पत्रकार शशिकांत के साथे गाली गलौज आ मारे के धमकी

लाल बिहारी लालके हाल ही में कांवर भजन देवघर में भेंट होई ए जान रिलीज भइल ह। जेकरा के गवलेबारे लोक गायक राज किशोर जी। एकरा से पहिले लाल बिहारी लाल सैकड़ों गीत टी.सीरीज, एच.एम.वी, वीनस, यू.की. रामा, मैक्स,सोनूटेक, चंदासहित दर्जनों कंपनियों के लिए दर्जनों गायक गायिकाओं खातिर गीत लिख चुकल बानी।

इनकर लिखल कईगो गीत नब्बे के दशक में काफी हीट भइल रहे जवन आज भी बाजर में खूब चलरहल बा । इनकर गीत गावे वाला में तारा बानो फैजाबादी, शायरा बानो जावादी,नरेन्द्रसागर,संजय प्रभाकर,रमायण सिंह राकेट, सरिता साज, शर्मिला पांडे जय राम जुल्मी राजकिशोर, कंचन प्रिया,रेखा रानी हिंदी में मो.सफी कुरैसी, हेमा ध्यानी आदि गइले बानी ।

इहां के भोजपुरी कविता-क्रांति बिहार के मगध ओपेन विश्वविद्यालय के एम ए तथा अंबेडकर बिहार विश्वविद्यालय के बी.ए. के पाठ्यक्रम में भी शामिल बा। इहां के भोजपुरी साहित्य सेवा खातिर कई गो सम्मान भीमिल चुकल बा। भोजपुरी भाषा पर गायक मनोज लहरी से बातचीत चल रही है।

ध्यान दीं: भोजपुरी सिनेमा के टटका खबर खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version