भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भउजाई के रसोई चना दाल तड़का बनावे के विधि

चना दाल तड़का बनावे के विधि

0

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आज रउवा सबके रिंकी पंडित जी चना दाल तड़का बनावे के रेसिपी बतायेब, पढ़ीं आ नीचे वीडियो देखीं आ आपन राय जरूर दीं कि रउवा सब के रिंकी पंडित जी ई भोजपुरिया व्यंजन के रेसिपी कइसन लागल रउवा सब से निहोरा बा कि एह वीडियो के शेयर जरूर करीं।

आज हम चना के दाल के तड़का बिहारी स्टाइल में बनावे जा तानी। चना दाल तड़का सब लोग के बड़ा पसन पड़ेला । अपना किहा शादी बियाह के भोज में चना दाल के तड़का खूब बनेला आ सब केहू बड़ा चाव से खाला ।

चना दाल के तड़का के रउवा दस मिनट में बना के घर के सारा सवांग के खिया सकेनी। जब रउवा घर में कउनो तरकारी न होखे त रउवा चना दाल तड़का बना सकत बानी बनाई, त आई बनावल शुरू करल जाओ।

चना दाल तड़का बनावे खातिर सामान

चनादाल- २०० ग्राम
आदी- आधा इंच भुजरी-भुजरी काटल
लहसुन के जावा- आठगो से दासगो भुजरी-भुजरी काटल
टमाटर- एगो बड़हन चुकी काटल
जीरा-आधा चम्मच खाडा
पियाज़- एगो मीडियम आकार के कुटरी-कुटरी काटल
मंगराइल – तनिसुक
निमक- अपना हिसाब से
हरदी- आधा चम्मच से तानी सुक कम
हरियर मरिचा- चार गो से पांच गो भुजरी-भुजरी काटल
हरियर धनिया

चना दाल तड़का के बिहारी स्टाइल में बनावे के विधि:

१. चना दाल तड़का बनावे खातिर पहिले दाल के धो के कुकर में डाल दी अउरी ओकरा बाद ओमे आधा चम्मच निमक अउरी आधा चम्मच से तनी सुक कम पिसल हरदी डाल दी अउरी कुकर के बंद कर दिहि आ दाल के मधिम आंच पे दू सिटी लगा के दाल के उसीन लीं ।

२. दाल में तड़का लगावे खातिर एगो कराही में एक चम्मच करू तेल डाल के तेल गरम कर ली । तेल के गरम होखला के बाद ओह में जीरा डाल दीं आ जीरा के चटकला के बाद काटल आदी, काटल लहसुन अउरकाटल हरियर मरिचा डाल के थोड़ देर भुज लीं जबले सब तनी-मनी लाल ना हो जाव ।

३.ओकरा बाद काटल पियाज़ के डाल के भुज लेवे के बा, पियाज़ के भुजइला के बाद काटल टमाटर और तनिसुक मंगराईल डाल के भुज लीं । जब ले टमाटर निमन से पाक न जाव।

४. टमाटर के पकला के बाद ओह में उसीनल दाल के डाल दीं आ ओकरा के चला के तोप दीं आ दू मिनिट एकरा के मधिम आंच प डभका लीं । दू मिनिट बाद तनीसुक हरियर धनिया के काट के डाल लीं अउरी गैस बंद कर लीं।

हमनी के बिहारी स्टाइल चना दाल के तड़का बन के तइयार हो गइल बा रउवा इ तड़का के रोटी चाहे भात के संगहे खाई अउरी अपना घरो में सब केहू के खियाई ।

चना दाल तड़का बनावे के विधि के वीडियो नीचे देखीं

रिंकी पंडित जी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version