भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी गीत देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी गीत चाहत के गीत गाईं...

देवेन्द्र कुमार राय जी के लिखल भोजपुरी गीत चाहत के गीत गाईं कि ना

0
देवेन्द्र कुमार राय जी
देवेन्द्र कुमार राय जी

प्यार कईले रहीं उ भेंटाई कि ना,
जवन सोचले रहीं उ बताईं कि ना।

रात दिन जवना मूरत खोजत रहीं
अपना भावना के फुलवा से पूजत रहीं,
एह आरती के सभके सुनाईं कि ना
प्यार कईले———–भेंटाई कि ना।

अपने से बात करीं अपने के डांटिले
मन के देवता के हम दिल से साटिले,
जाने कहियो उ हमके जताईं कि ना
प्यार कईले———–भेंटाई कि ना।

लागे कतनो अमावस में भोर हमरा
ईयाद आवते लचक जाला गोड़ हमरा,
एह चाहत के गीत गुनगुनाई कि ना
प्यार कईले ———–भेंटाई कि ना।

चाहीं जेकरा के हम जाईं ओही गली
देखि हमरा के उ दोसर ओसरा चली,
जाने बहिंया में हमरा उ आई कि ना
प्यार कईले———-भेंटाई कि ना।

कनखी से देखी देखि हम लजाईला
आह के आग में दिल जराईला,
ईजलन हमार कहियो बोताई कि ना
प्यार कईले रहीं उ भेंटाई कि ना,
जवन सोचले रहीं उ बाई कि ना।

देवेन्द्र कुमार राय
(ग्राम-जमुआँव, पीरो, भोजपुर, बिहार )

अउरी भोजपुरी गीत पढ़े खातिर क्लिक करीं

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version