भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
Home भोजपुरी साहित्य भोजपुरी कविता जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन

0
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन , रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी के लिखल रचना अच्छा लागल त शेयर जरूर करी।

सब मनई बा उनके आंटल,
आंटल नाही उनुका जमीन
बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन॥

घूम अनेरिया ठाँव बनवलें
चिक्कन जगहा पाँव जमवलें
मास चढ़ल बा बनल कहानी
सभही करत बाटे हीन।
बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन॥

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी
जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

सूखल बा अँखियो से पानी
जरल देहिया अस ज़िंदगानी
खपल जिनगी धन के खातिर
तबों बतावे लोगवा दीन।
बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन॥

आग लगाई पीटत छाती
तिक्खर लागे सुघ्घर बाति
समुझावत के हलफ़ा सूखल
भइस के आगु बाजल बीन।
बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन॥

लुटलें खइलें देश बिगरलें
भर दिन आपन केस संवरलें
जरिको झूठ कहीं न इहवाँ
मुँह देखते बरता घीन
बबुआ! कुल्हि कउड़ी के तीन॥

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

NO COMMENTS

आपन राय जरूर दींCancel reply

Exit mobile version