पटना में अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

अपना स्थापना के पैंतीस साल पूरा कइल बिहार भोजपुरी अकादमी आ भोजपुरी खातिर आन्दोलनरत भाईजी भोजपुरिया बी॰एन॰ तिवारी के संस्था भोजपुरी विकास मंच मिल के अगिला २१ जुलाई का दिने पटना में एगो अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी महोत्सव मनावे जा रहल बा. एह महोत्सव में मारीशस, सिंगापुर, मस्कट, ओमान, नेपाल, आस्ट्रेलिया, अमेरिका समेत अनेके देश के लोग सहभागिता करी. अकादमी से मिलल सूचना में बतावल गइल बा कि महोत्सव के उद्घाटन बिहार के राज्यपाल डा॰ डी॰वाई॰ पाटिल करीहें आ सांस्कृतिक कार्यक्रम में मालिनी अवस्थी आ भरत शर्मा व्यास समेत अनेके लोक कलाकार आपन कार्यक्रम परोसीहें. कार्यक्रम २१ जुलाई २०१३ अतवार का साँझ चार बजे से पटना के वीरचंद पटेल पथ पर स्थित रविन्द्र भवन के सभागार में शुरू होखी.अकादमी भरोसा जतवले बिया कि एह आयोजन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार समेत अनेके मंत्री आ बड़हन संख्या में भोजपुरिया लोग आपन मौजूदगी दर्ज कराई. आपहू सभे से अकादमी निहोरा कइले बिया कि एह आयोजन में बढ़ चढ़ के हिस्सा लीं.

पिछला लेखहम दिल जीतना जानते हैं- स्मृति
अगिला लेखHum Dil Jeetna Jante Hain – Smriti Sinha
Jogira
टीम जोगीरा आपन भोजपुरी पाठक सब के ई वेबसाइट उपहार स्वरुप भेंट कर रहल बा। हमनी के इ कोशिश बा कि आपन पाठक सब के ढेर से ढेर भोजपुरी में सामग्री उपलब्ध करावल जाव। जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी के ऑनलाइन सबसे मजबूत टेहा में से एगो टेहा बा, एह पऽ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के टटका ख़बर, भोजपुरी कथा कहानी, भोजपुरी किताब, भोजपुरी साहित्य आ भोजपुरी से जुड़ल समग्री उपलब्ध बा।

आपन राय जरूर दीं